STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Others

2  

Shyam Kunvar Bharti

Others

भोजपुरी गीत – चुनाव मे ना धोखा

भोजपुरी गीत – चुनाव मे ना धोखा

1 min
136

चुनाव मे ना धोखा प्रचार मे ना धोखा

चुनाव लड़ेला जईसे, शतरंजिया के पासा

एक बार दुई बार झूठवा चली जइहे

बेरी बेरी छलवा लोगवा जान जईहे

बदलल मिजाज देशवा ई खेलवा ना सुहाता

चुनाव में ना धोखा प्रचार मे ना धोखा


लूट पाट मार पीट गारी गलौज अबकी ना चलल

उंच नीच जात पात धरम धन दांव जे केहु खेलल

लुटाई गईल लोटिया सबकर अइसने बुझाता

चुनाव मे ना धोखा प्रचार मे ना धोखा


फारी के गरवा जेतना जे केहु गरियावल

बमवा बन्दुकिया गरीबवन जे केहु धमकावल

धईके कपार पीटे भँवर उनकर नईया डुबाता

चुनाव मे ना धोखा प्रचार मे ना धोखा


पाँच रे बरसवा मंचवा सबके अंगूरी दिखावे

बतावे न काम आपन दुसरा गिन गलती गिनावे

जीत जइबा तुहु नेहिया देशवा लगावा तनी साँचा

चुनाव मे ना धोखा प्रचार मे ना धोखा


Rate this content
Log in