STORYMIRROR

Shyam Kunvar Bharti

Others

4  

Shyam Kunvar Bharti

Others

भोजपुरी धोबी गीत – भगा देता बैरी केरौना

भोजपुरी धोबी गीत – भगा देता बैरी केरौना

1 min
716


नाक करे सुकुर पुकुर बुखार ना उतरौना

बलम हो भगा देता बैरी केरौना

धीरज धरा धनिया बहरी पाँव ना उठौना

मोर सुनरो हो भगा देईब बैरी केरौना


जाइके बज़रिआ मसकिया ले आइहा

हथवा धोवे वाला सबुनिया ले आइहा

बलम हो ला देता नवका बिछौना

बलम हो भगा देता बैरी केरौना


सगरो देशवा में लागल बा करफू नजरिया

बंद भईले स्कूल कालेज बंद बा बज़रिआ

मोदी जी लगवले देशवा में लोकडौना  

मोर सुनरो हो कैईसे लियाई नवका बिछौना

मोर सुनरो हो भगा देईब बैरी केरौना


निकलबू जे बहरिया केरोना लग जाई

घरवे मे रही के पहिले जनवा बचाई

जनवा जे बची त लीआ देईब बिछौना

मोर सुनरो हो भगा देईब बैरी केरौना

बलम हो भगा देता बैरी केरौना



Rate this content
Log in