Unlock solutions to your love life challenges, from choosing the right partner to navigating deception and loneliness, with the book "Lust Love & Liberation ". Click here to get your copy!
Unlock solutions to your love life challenges, from choosing the right partner to navigating deception and loneliness, with the book "Lust Love & Liberation ". Click here to get your copy!

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

4  

Shyam Kunvar Bharti

Abstract

पागल के बीमारी बा

पागल के बीमारी बा

1 min
167


केहु से प्यार ना मतलब क सब यारी बा

रिश्ता नाता ला पता पईसा सभपर भारी बा।


भाई भाई से मीठ ना बोले मुंह फेर चलेले

एक ही घर अलग चूल्हा अलग दुयारी बा।


इश्क विश्क सब फइसन चार गो फ्रेंड चाही

हीर भईली बहिर रांझा पागल के बीमारी बा।


बेरोजगारी खातिर निकले बहाली राजनित मे

अनपढ़ गवार जीत जाला चढ़े के सफारी बा।


प्यार मे बनेके बा पागल त बन जा मर्जी

उनका दुसर मुल्ला खोजे के अब तैयारी बा।


आइल बा कोरोना बची के रहे के दूर दूर

चुनाव से डेराला उ भाषण सुने मारामारी बा।


वेकसिन लगावा बाकी फोटो चाही पेपर मे

केहु के जान जाता केहु के दूकानदारी बा।


जबसे फइलल कोरोना केहु रोजी रोटी गईल

प्राइवेट नौकरी के पूछे छुटल सब सरकारी बा।

 


Rate this content
Log in

Similar hindi poem from Abstract