Participate in the 3rd Season of STORYMIRROR SCHOOLS WRITING COMPETITION - the BIGGEST Writing Competition in India for School Students & Teachers and win a 2N/3D holiday trip from Club Mahindra
Participate in the 3rd Season of STORYMIRROR SCHOOLS WRITING COMPETITION - the BIGGEST Writing Competition in India for School Students & Teachers and win a 2N/3D holiday trip from Club Mahindra

Dhirendra Panchal

Others


4  

Dhirendra Panchal

Others


चुनाव

चुनाव

1 min 336 1 min 336

शासन अउर प्रशासन के फिर याद गाँव के आइल बा

सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा।


चालू भइल पलग्गी जबरी दूनो बेला गाँव में।

पंडी जी भी मुर्गा बांटे घूम घूम के ताव में।

लागे फिर से ओढ़ बिलरिया धूप छाँव में आइल बा।

सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा।


कहें सोमारू का हो चच्चा कइसन हव परिवार।

ठर्रा देत के कहलन देखा करिहा जिन इनकार।

बड़का बड़का स्टीमर अब छोट नाव में आइल बा।

सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा।


साँझ सबेरे जयरम्मी से काम चली न बात सुना।

छत्तीस वोटर हमरे घरे मियन क उत्पात सुना।

बेसी मुर्गा दारू खातिर अब्दुलवा भरुआइल बा।

सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा।


भयल चुनावी हल्ला सगरों मिल रहल हव गल्ला।

बुलट लेके पहुँचल हउवे रामधनी क लल्ला।

चर चर बिगहा वालन के भी तारू फिर चटकाइल बा।

सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा।


केकर केकर हाल बताईं सब के सब अझुराइल बा।

मुँह फूलउलें मँगरू नाहीं उनकर सांख पुराइल बा।

हम नेतन क दोष का दीं सब अपने में अफनाइल बा।

सबसे बड़का मुँहनोचवा ह फिर चुनाव में आइल बा।



Rate this content
Log in